जोगीरा सा रा रा रा रा रा रा जोगीरा सा रा रा रा.........Holi Special Poem in Bhojpuri
3:13:00 AM
जोगीरा सा रा रा रा रा रा रा जोगीरा सा रा रा रा.........
चिन्नी चाउर महंगा भईल,
महंगा भइल पिसान,
मनरेगा के फारम ले के,
चाटअ साँझ बिहान........
जोगीरा सा रा रा रा...
का करबअ अमरीका जाके,
का करबअ जापान,
मिड डे मिल के खिचड़ी खाके
भइल जा पहलवान...
जोगीरा सा रा रा......
कवन देस के लोहा जाता,
कोन देसके अलमुनिया,
आ कोन देस में डंडा बाजी,
कोन देस हरमुनिया...
जोगीरा सा रा रा रा...
चीन देस के लोहा जाता,
अमरीका के अलमुनिया,
आ नियामतगिरि में डंडा बाजी,
संसद में हरमुनिया...
जोगीरा सा रा रा रा...
केकरा खातिर पान बनल,
केकरा खातिर बांस,
केकरा खातिर पूड़ी पूआ,
केकर होई सत्यानास...
जोगीरा सा रा रा रा...
नेतवन खातिर पान बनल,
पब्लिक खातिर बांस,
अफ़सर खाये पूड़ी पूआ,
सिस्टम भईल सत्यानास...
जोगीरा सा रा रा रा...
होली के पहिले से ही शुभकामना☺☺☺
महंगा भइल पिसान,
मनरेगा के फारम ले के,
चाटअ साँझ बिहान........
जोगीरा सा रा रा रा...
का करबअ अमरीका जाके,
का करबअ जापान,
मिड डे मिल के खिचड़ी खाके
भइल जा पहलवान...
जोगीरा सा रा रा......
कवन देस के लोहा जाता,
कोन देसके अलमुनिया,
आ कोन देस में डंडा बाजी,
कोन देस हरमुनिया...
जोगीरा सा रा रा रा...
चीन देस के लोहा जाता,
अमरीका के अलमुनिया,
आ नियामतगिरि में डंडा बाजी,
संसद में हरमुनिया...
जोगीरा सा रा रा रा...
केकरा खातिर पान बनल,
केकरा खातिर बांस,
केकरा खातिर पूड़ी पूआ,
केकर होई सत्यानास...
जोगीरा सा रा रा रा...
नेतवन खातिर पान बनल,
पब्लिक खातिर बांस,
अफ़सर खाये पूड़ी पूआ,
सिस्टम भईल सत्यानास...
जोगीरा सा रा रा रा...
होली के पहिले से ही शुभकामना☺☺☺
0 comments